BREAKING NEWS
Search

हथुआ के रेपुरा गाँव में दिनदहाड़े हत्या के बाद गोपालगंज शहर में बवाल

गोपालगंज/ हथुआ थाना के रेपुरा गाँव में मंगलवार के भईल दिनदहाड़े  गोली मार के हत्या के बाद से गोपालगंज पहुँचल परिजन काफी उग्र हो गईले .गोपालगंज के सदर अपस्ताल में डाक्टर लोग जईसे रेपुरा गांव के मुन्ना तिवारी के हत्या के पुष्टि कईले ओहीसही परिजन उग्र हो गईले .  रउरा लोग के बता दिहल जाव की कुचायकोट के   जेडीयू विधायक अमरेंद्र पांडेय उर्फ पप्पू पांडेय के रिस्तेदार के  हत्या मंगलवार के दोपहर में हथियार बंद अपराधी गोली मार के कर देहले . दिनदहाड़े भईल हत्या के बाद से क्षेत्र में दहशत फईल गईल . रउरा लोग के बता दिहल जाव की हथुआ थाना में  ई दु दिन में इ चौथा हत्या भईल बा .पिछलका दु दिन पहिले हथुआ थाना के रूपनचक गाँव में ट्रिपल मर्डर के अभी आग शांत ना भइल रहल हवे की आज मंगलवार के हथुआ थाना के रेपुरा गांव के शिक्षक विश्वनाथ तिवारी के पुत्र मुन्ना तिवारी के अपराधी गोली मार के हत्या कर देहले . हत्या के बाद से शव के सदर अस्पताल के  गोपालगंज में पहुँचल परिजन लोग के जईसे ही डाक्टर लोग द्वारा हत्या के पुष्टि कईल गईल परिजन तुरंते भड़क उठले . हत्या के पुष्टि के बाद से परिजन बिना पोस्टमार्टम करवले शव के लेके बाजारी स्थित एनएच – 28 के जाम कर देहले . ऐह दौरान पूरा शहर जाम हो गईल . हजारो के संख्या में पहुँचल लोग पुलिस प्रशासन औरी सरकार के विपक्ष में जम के नारेबाजी कईल . ऐह दौरान पुलिस अउरी मौजूद लोग में जम के नोकझोक भी भईल .बाद में जेडीयू विधायक  अमरेन्द्र कुमार पांडेय के फोन पर दिहल गईल  आस्वाशन पर जाम के  खाली करा दिहल गईल .  मृतक मुन्ना तिवारी विधायक पप्पू पांडेय के फुफेरा  भाई औरी  जेडीयू नेता बतावल  गईल बाड़े .

वीडियो देखे खातिर नीचे के लिंक पर क्लिक करी ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *