BREAKING NEWS
Search

केन्द्रीय विद्यालय गोपालगंज में वार्षिक खेल कूद प्रतियोगिता के तैयारी जोड़ो पर

19 दिसम्बर के  डीएम करिहे  कार्यक्रम के  उदघाट्न

कार्यक्रम के  सफल बनावे  में जुटल  विद्यालय प्रशासन

गोपालगंज :- शहर के  केंद्रीय विद्यालय गोपालगंज में वार्षिक खेल कूद प्रतियोगिता के  आयोजन 19 दिसम्बर के दिन के ग्यारह बजे से राखल गईल बा । केंद्रीय विद्यालय के प्राचार्य सुरेन्द्र कुमार वर्मा  बतवले  कि कार्यक्रम के  उद्घाटन विद्यालय के प्रबंध समिति के अध्यक्ष डीएम गोपालगंज अरशद अजीज  के द्वारा कईल जाई । ऐ  कार्यक्रम में विद्यालय के छात्र – छात्रा लोग के  द्वारा खेल कूद के माध्यम से अपना  -अपना  प्रतिभा के  प्रदर्शन कईल जाई । एकरा साथे- साथे विद्यालय के  छात्र लोग के  द्वारा सांस्कृतिक कार्यक्रम के  भी आयोजन कईल जाई  । कार्यक्रम में विद्यालय के प्राचार्य सुरेन्द्र कुमार वर्मा के द्वारा विद्यालय के  वार्षिक रिपोर्ट पेश कईल जाई  .ऐह मौका पर विद्यालय स्तर से लेके राष्ट्रिय स्तर तक खेलकूद में बेहतर प्रदर्शन करे वाला छात्र – छात्रा लोग के पुरस्कार देके सम्मानित कईल जाई .  कार्यक्रम के सफल बनावे खातिर  विद्यालय के सगरी  शिक्षक लोग अपना – अपना हाउस के साथे तैयारी में जुटल बा लोग ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *