BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज में धूमधाम से मनावल गईल भिखारी ठाकुर के जन्मदिन

-भोजपुरी के होत बा बड़ी पतीहंसभारी , भिखारी ठाकुर आ जाई एक बारी …..

-.भोजपुरी के विकास करे खातिर भईल जोड़दार चर्चा

– भोजपुरी के गीत अउरी कविता के माध्यम से भईल कार्यक्रम आगाज

गोपालगंज : शहर के एसके म्यूजिक यूनिवर्स के आगन में भोजपुरीया बयार समिति के द्वारा भोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के जयंती पूरा धूम- धाम के साथे मनावल गईल .ऐ मोका पर भोजपुरी के कवि अउरी गायक लोग के द्वारा एक से बढ़ के एक गीत अउरी कविता प्रस्तुत कईल गईल . कार्यक्रम के संबोधित करत भोजपुरिया बयार समिति के अध्यक्ष शैलेश कुमार पाण्डेय भोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के जीवनी पर विस्तारपूर्वक चर्चा कईले . कार्यक्रम के संबोधित करत उपस्थित लोग से उ भोजपुरी के विकास खातिर भोजपुरी बोले , भोजपुरी लिखे खातिर उपस्थित लोग से समाज में जागरूकता फईलावे खातिर निहोरा कईले . भोजपुरी के शेक्सपियर भिखारी ठाकुर के जीवन के आदर्श के अपना के समाजिक स्तर पर काम करे खातिर जोड़ देहले . ओने दोसरका ओर कार्यक्रम में भोजपुरी के कवि गोरखनाथ यादव गुंजन आपन कविता “ भोजपुरी के होत बा बड़ी पतीहंस भारी , भिखारी ठाकुर आ जाई एक बारी गाके भोजपुरी के महत्व के बढ़वले . जबकि भोजपुरी के मशहूर कवि मिथलेश पाण्डेय गौतम आपन कविता “ तहरो त बुझाते बा , हमरो त बुझाते बा प्रस्तुत कर के वाहवाही लुटले . जबकि रियाज अली शाही आपन कविता भिखारी ठाकुर के समर्पित कविता “रउवा बिनु कुछु बखान ना होई प्रस्तुत कर के सबकरा के भावबिहोर कर देहले . गायक संजय कुमार “ जय हो भोजपुरिया बयार गाके सबकरा भीतरी एगो नया उर्जा भरे के कोशिश कईले . जबकि डा. सत्येन्द्र सिताबदियारवी आपन रचना “ बाबा भिखारी आई , आके आपन थाती बचाई  गाके सबकरा के मंत्रमुग्ध  कर देहले . कार्यक्रम में ज्योति शंकर मिश्र भोजपुरी के प्रसंगिता पर आपन विचार देहले . जबकि रविनंदन मांझी  भोजपुरी भाषा के बढ़ावे खातिर युवा लोग के आगे आके आपन विरासत बचावे के अपील कईले . जबकि सजीव कुमार  रंजन आपन रचना ” कोयल से मीठ लागे बोली भोजपुरिया गाके”  सबकरा के गदगद कर देहले .कार्यक्रम में मंच संचालन कवि मिथलेश पाण्डेय गौतम कईले . जबकि कार्यक्रम के अध्यक्षता गोरखनाथ यादव गुंजन कईले . मौका पर महर्षि अनिल शास्त्री , रविनंदन मांझी , संतोष कुमार चौबे , सत्येन्द्र कुमार सिंह सहित सैकड़ो के लोग उपस्थित रहल .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *