BREAKING NEWS
Search

कोर्ट के आदेश : ऐश्वर्या के हर महीना 22,000 रुपया दिहे तेजप्रताप, एकरा साथे दु लाख औरी देबे के पड़ी

पटना  राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव के बड़का बेटा  तेजप्रताप अउरी  बहू ऐश्वर्या राय के तलाक प्रकरण में मंगलवार के  फैमिली कोर्ट में सुनवाई भईल , जईमें कोर्ट  ऐश्वर्या के  अंतरिम गुजारा भत्ता देबे के  आदेश देहले बा । कोर्ट के आदेश के मुताबिक, तेजप्रताप के  ऐश्वर्या राय के  गुजारा भत्ता के रूप में  पोषण अउरी  आवास खातिर  22  हजार रुपया  प्रति महीना देबे के पड़ी । एकरा  अतिरिक्त तेजप्रताप के  ऐश्वर्या राय के  मुकदमा लड़े के  खर्च भी वहन करे के पड़ी अउरी अलगे से  दु  लाख रुपया देबे के पड़ी । कोर्ट  के द्वारा ई राशि अंतरिम भरण-पोषण के रूप में देबे के आदेश दिहल गईल बा । पटना फैमिली कोर्ट ऐश्वर्या राय द्वारा दायर भरण-पोषण के आवेदन पर ई  आदेश देहले बा । ऐश्वर्या  भरण-पोषण संबंधी आवेदन 13 नवंबर 2019 के  दायर कईले रहली । जवना  पर लंबा  बहस चलल । दुनु  पक्ष के  ओर से कईगो  जवाब दाखिल कईल गईल बा । ऐश्वर्या  17 दिसंबर के  अदालत के  बतवली  कि उनकरा  ससुराल वाला लोग  घर से निकाल दिहल । उ इहो बतवली  कि तेज प्रताप उनकरा  साथे ना रह के   अलग रहत बाड़े।

जानी आखिर का बा महिला हेल्पलाइन के  रपट

 महिला हेल्पलाइन भी तेज प्रताप अउरी  ऐश्वर्या मामला के जाँच कर सितंबर माह में आपन  रिपोर्ट अदालत में दाखिल कर देहले रहल । नवंबर माह में महिला हेल्पलाइन द्वारा एगो अउरी  जांच रिपोर्ट अदालत में दाखिल कईल  गईल रहे । सूत्र लोग के अनुसार हेल्पलाइन के  मत रहे  कि ऐश्वर्या राय अउरी  पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के  साथे रहल उचित नईखे । रिपोर्ट में अदालत के ऐ बात के भी जानकारी भी दीहल  गईल रहे  कि ऐश्वर्या के  आय के कवनो  साधन नईखे । अदालत में ई  बात सामने आईल  कि तेज प्रताप  2015 में विधानसभा चुनाव में आपन कुल संपत्ति 2 करोड़ रुपया बतवले रहले। तेज प्रताप के एगो  भारतीय कंपनी में 25 लाख रुपया के  शेयर भी बा । बीएमडब्लू कार बा । कोर्ट में उनकरा  ओर से आयकर रिटर्न दाखिल कर बतावल  गईल बा  कि उनकर  सालाना आय 10 लाख रुपया बा। 

सास-बहू के  ओर से दर्ज करावल  गईल बा अलगे – अलगे  केस

 हाल ही में ऐश्वर्या राय  तेजप्रताप के  मां अउरी  बिहार के  पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी, पति तेजप्रताप यादव अउरी  उनकर  बड़की बहिन  मीसा भारती के खिलाफ घरेलू हिंसा के  मामला दर्ज करवले बाड़ी । ऐश्वर्या राय अपना  सास राबड़ी देवी पर दहेज खातिर  प्रताड़ित करे अउरी बाल खींच-खींच के मारे के अउरी  घर से बाहर निकाले के आरोप लगवले बाड़ी । जवना के  जवाब में राबड़ी देवी के  तरफ से भी एगो  केस दर्ज करावल गईल रहे  जईमें ऐश्वर्या द्वारा उनकरा उपर  हाथ उठाने अउरी  पीटे के  आरोप लगावल गईल बा । ऐ आरोप के  राजद नेता शक्ति सिंह यादव के द्वारा  सही ठहरावल गईल रहे । 

ऐश्वर्या के पिता चंद्रिका राय भी राबड़ी देवी पर गंभीर आरोप लगवले बाड़े उ मिडिया में कहले कि जे अपना घर के बहू के बेइज्जत करे उ बिहार के महिला लोग के का इज्जत करी ? 




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *