BREAKING NEWS
Search

ख़ुफ़िया अलर्ट : अयोध्या , गोरखपुर , बनारस में आतंकी हमला के खतरा, जैश के सातगो आतंकी नेपाल के रास्ता से यूपी में हो चुकल बाड़े दाखिल

नई दिल्ली ;  भारतीय खुफिया एजेंसी  अयोध्या, गोरखपुर , बनारस में आतंकी हमला  के खतरा के अलर्ट जारी कईले बा । पाकिस्तानी आतंकी संगठन जैश-ए-मुहम्मद के सरगना मसूद अजहर  भगवान राम के  नगरी अयोध्या में जगह-जगह हमला  करावे के  साजिश रचले बाड़े । एकर  जानकारी मिलते ही उत्तर प्रदेश पुलिस  अयोध्या के  सुरक्षा औरी कड़ा  कर देहले बा। केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के अयोध्या में चार महीना  में गगनचुंबी राम मंदिर बनावे के  घोषणा कईला  के बाद आतंकी संगठन से जुड़ल  सोशल मीडिया प्लेटफार्म ‘टेलीग्राम’ पर अजहर मसूद  अपना  आतंकियन  से कहले बाड़े कि उ लोग  भारतीय जमीन पर ‘कुख्यात अउरी  जबरदस्त’ हमला  करो  लोग ।जैश सरगना अजहर मसूद   अपना  वीडियो संदेश में अपना  साथी आतंकियन के  आगाह करत अयोध्या के  पावन भूमि में भीषण आतंकी हमला करे के बात  कहले बाड़े । ऐ  खुफिया जानकारी से पहिले  ही देश के  सुरक्षा एजेंसि ऐह  बात से भी चिंतित बा  कि एक महीना पहिले   ही सातगो  पाकिस्तानी आतंकी नेपाल के रस्ता से  भारत में घुस चुकल बाड़े  । समझल  जाता कि ई  आतंकी उत्तर प्रदेश के जिला  जईसे  गोरखपुर औरी अयोध्या में छिपल बाड़े  पुलिस अब तक एकनी के  तलाश नईखे  कर पवले । जैश के ऐ  सातो  दुर्दात आतंकियन  में से पांचगो के  पहचान कईल  जा चुकल बा । एकनी के  नाम मुहम्मद याकूब, अबू हमजा, मुहम्मद शाहबाज, निसार अहमद औरी  मुहम्मद कौमी चौधरी बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *