BREAKING NEWS
Search

सिमा पर पाक के ओर से गोलीबारी में एगो जवान सहित, एगो भारतीय महिला के मौत

श्रीनगर।भारतीय सेना से बार-बार मुंह की खईला के बादो  पाकिस्तान अपना  नापाक हरकत से बाज नईखे  आवत । पाकिस्तानी सेना  पीओके में बड़का  साजिश रचले बा ।  आज बुधवार के  उड़ी सेक्टर में नियंत्रण रेखा से सटल  भारतीय चौकियन के  निशाना बनावत  भारी गोलाबारी कईले बा । ऐह  गोलाबारी में एगो  भारतीय जवान शहीद हो गईल बाड़े  जबकि भारतीय नागरिक नसीमा बेगम के मौत हो गईल। नसीमा चुरुंदा गांव के रहे वाला बतावल गईल बाड़ी । भारतीय जवान लोग भी अपना  साथी के  शहादत के  बदला देत  पाकिस्तानी चौकियन  पर जम के  गोला  बरासावल लोग । जवाबी कार्रवाई में भारतीय जवान लोग  पाकिस्तान के एगो  अग्रिम निगरानी चौकी के  तबाह कर दिहल लोग । सेना के सूत्र  से  बतावल गईल  कि पाकिस्‍तानी सेना बंदूकों औरी  मोर्टार से भारतीय नागरिक लोग के निशाना बना रहल बा । सूत्र लोग के अनुसार पाकिस्‍तानी फौज  पीओके गांवन  में चुपके से अपना  जवान लोग के  तैनाती बढ़ा देहले बा । उ  पुंछ जिला  के शाहपुर औरी  किरनी सेक्‍टर में भी गोलीबारी कईले बा ।  




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *