BREAKING NEWS
Search

युग – युग जिय ऐ बाबू , सम्मान पाके लोग के खिल उठल चेहरा

गोपालगंज /हथुआ :- हथुआ स्थित पेट्रोल पंप पर कुचायकोट के जदयू विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय उर्फ़ पप्पू पांडेय के आवास पर कुचायकोट विधानसभा क्षेत्र के मतदाता लोग के सम्मान समारोह के शुरुवात शुक्रवार से जदयू विधायक अमरेन्द्र पांडेय के द्वारा कईल गईल बा . सम्मान समारोह में पहिलका दिने कुचायकोट विधानसभा क्षेत्र के चारगो पंचायत सिकटिया , मझवलिया , महूआवा , कोईसा खुर्द के लगभग चालीसगो गांव के लगभग दस हजार मतदता लोग के विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय के द्वारा सम्मानित कईल गईल . जईमें युवा , बुजुर्ग , महिला लोग के विधायक के द्वारा कंबल देके सम्मानित कईल गईल . जबकि पाचवीं से लेके दसवीं कक्षा में पढ़े वाला छात्र लोग के स्कूल बैग , कॉपी, पेन , सहित पानी के बोतल देके सम्मानित कईल गईल .जबकि चारु पंचायत के मुखिया , सरपंच , बीडीसी , पैक्स अध्यक्ष लोग के शाल देके सम्मानित कईल गईल .रउरा लोग के बता दिहल जाव की सम्मान समारोह में आवे वाला सगरी लोग खातिर हरेक गांव से बस के व्यवस्था विधायक के द्वारा कईल गईल बा . सम्मान समारोह में पहुंचेवाला सगरी लोग के पहिले भोजन कराके तब सम्मानित कईल जा रहल बा . सम्मान पाके महिला , बुजुर्ग अउरी छात्र लोग के चेहरा खिल उठल .

युग- युग जिय ऐ बाबू भगवान रउरा के हरदम आबाद राखस

सम्मान समारोह में पंचदेवरी प्रखंड के सिकटीया पंचायत के तेतरिया भिक्षराम गांव के सतर वर्षीय लखपतिया देवी के जब विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय के द्वारा कंबल देके सम्मानित कईल गईल तब गरीब महिला के आँख से ख़ुशी के आंसू निकल पड़ल उ कहे लगली के जीतला के बाद त केहू दर्शनों ना देला बाकिर रउरा धन्य बानी की ऐह ठंडी में हमनी के एतना ख्याल राखत बानी . भगवान रउरा के हरदम आबाद राखी . हमार जियरा जुड़ा गईल . रउरा सम्मान से . जबकि मझवलिया पंचायत के ईमुलिया गांव के रुक्सना बेगम भी सम्मान पाके काफी गदगद भईली . उ कहली की अगर रउरा अईसन विधायक हरेक विधानसभा से होखिते तब जनता के कवनो कबो दिक्कत ना होई . अल्लाह रउरा के आगे तरक्की देस . जबकि कुकुरभुक्का गांव के सातवी क्लास के छात्र पिंस कुमार के विधायक जी के द्वारा जईसे ही स्कुल बैग , कापी , कलम , औरी पानी के बोतल दिहल गईल . प्रिंस के ख़ुशी के ठिकाना ना रहल . उ कहले कि हम आज ले झोरा लेके स्कूली में पढ़े जात रहनी हवे . बाकिर हमार विधायक जी त हमनियो के बारे में सोचले बानी . हमरा नसीब में बैग लेके पढ़े गईल ना रहल हवे बाकिर विधायक जी के दिहल बैग लेके हमहू काल्ह से स्कूले जाएब औरी खूब पढ़ब .

लोकतंत्र में सबसे बड़का मालिक जनता होखेले एहिसे जनता के सम्मान जरूरी बा : अमरेन्द्र पांडेय

लिंक पर क्लिक पर देखी पूरा वीडियो

हथुआ पेट्रोल पंप स्थित आवास पर आयोजित मतदाता सम्मान समारोह के संबोधित करत कुचायकोट के जदयू विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय उर्फ़ पप्पू पांडेय कहले की लोकतंत्र में नेता लोग के मालिक भगवान जनता होखेले . जनप्रतिनिधि के जब जनता के द्वारा चुनल जाला तब काफी उम्मीद जनता के अपना जनप्रतिनिधि से होखेला . आज तक ले अपना किहा खाली नेता औरी अफसर लोग के ही सम्मान होत रहल हवे . बाकिर हम पिछलका साल से एगो नया परम्परा के शुरुवात कईले बानी . जेकरा बल पर हम विधायक औरी आज बिहार के विधानसभा में ध्यानाकर्षण समिति के सभापति चुनल गईल बानी ओकरा के हम आज दुसरका साल फेरु से अपना किहा बोला के सम्मानित कर रहल बानी . हमरा खातिर हमरा क्षेत्र सगरी जनता कवनो भगवान से कम नईखन . हमार कबो इहे प्रयास रहल बा की हम अपना क्षेत्र के जनता के एगो बेटा औरी सेवक बन के सेवा करी . पिछलका साल त हम खाली युवा , बुजुर्ग ,महिला लोग के सम्मानित कईले रहनी बाकिर अबकि बार हमरा मन में ख्याल आईल की हमनी के देश के आवेवाला जवन भविष्य छात्र लोग बा ओहू लोग के सम्मानित कईल जाव . एहिसे अबकि बार युवा .बुजुर्ग, महिला लोग के साथे – साथे पांचवी क्लास से लेके दसवी क्लास तक पढ़े वाला सगरी छात्र लोग के भी सम्मानित कईल जा रहल बा . विधायक जी आगे कहले की हमरा गर्व बा की ऐ सम्मान समारोह में हमार भतीजा गोपालगंज के जिला परिषद अध्यक्ष मुकेश पांडेय के द्वारा भी बढ़ चढ़ के योगदान दिहल जा रहल बा . हमरा ख़ुशी बा की अपना काम के बदौलत मुकेश पांडेय सीवान गोपालगंज दुनु जिला में आपन लोकप्रियता बढ़वले बाड़े . हमार पूरा परिवार हरदम जनता के सेवा में तत्पर रहेला . हमनी के द्वारा बिना कवनो भेदभाव के सगरी लोग के हर संभव मदत के प्रयास कईल जाला . सम्मान समारोह में आईल जनता के भीड़ देख हमार मन गदगद हो गईल .

शनिवार के भी चारगो पंचायत के जनता के होई सम्मान

शनिवार यानी 28 दिसंबर के चारगो पंचायत . सेमरिया , भगवानपुर , खालगांव , बनकटिया के लगभग तिसगो गांव के जनता के सम्मानित कईल जाई . सम्मान समारोह के समापन 6 जनवरी के होई . ऐह सम्मान समारोह में कुचायकोट विधानसभा के चालीसगो पंचायत के जनता के सम्मानित कईल जाई. जवना के पूरा तैयारी कर लिहल गईल बा . सम्मान समारोह में विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय , जिला परिषद अध्यक्ष मुकेश पांडेय के अलावा सैकड़ो कार्यकर्ता उपस्थित रहले .



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *