BREAKING NEWS
Search

सम्मान समारोह : झोरा से अब मिल गईल छुटकारा , अब बैग लेके जाएब स्कूले पढ़े

गोपालगंज /हथुआ : हथुआ स्थित कुचायकोट विधायक अमरेन्द्र पांडेय के पेट्रोल पंप पर शनिवार के दिने आयोजित सम्मान समारोह के दुसरका दिने सेमरिया , भगवानपुर , खालगांव , बनकटियाँ पंचायत के लगभग तिसगो गांव के हजारो लोग के विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय औरी जिला परिषद अध्यक्ष मुकेश पांडेय के द्वारा सम्मानित कईल . ऐ सम्मान समारोह में महिला , युवा अउरी बुजुर्ग लोग के कंबल देके सम्मानित कईल गईल . जबकि ऐह चारू पंचायत से आईल जनप्रतिनिधि लोग के शाल देके सम्मानित कईल गईल .

अब झोरा – बोरा से मिलल छुटकारा , स्कूल बैग लेके जाएब पढ़े

सम्मान समारोह में भगवानपुर पंचायत से आईल दस वर्षीय मुन्ना कुमार के जब अमरेन्द्र कुमार पांडेय के द्वारा स्कूल बैग , कापी ,पेन अउरी पानी के बोतल एक साथे देके सम्मानित कईल गईल तब मुन्ना कुमार के ख़ुशी के ठेकाना ना रहल . उ ख़ुशी से झूम उठले . अपना माई तेतरीया देवी से कहे लगले की माई अब हमरा स्कूले जाए खातिर झोरा -बोरा से छुटकारा मिल गईल . अब हमहू स्कूले बैग लेके जाएब . विधायक जी हमनी के मन के बात के ख्याल रखले बानी . पैसा के अभाव में हम स्कूले झोरा – बोरा लेके जात रहनी हवे . विधायक जी के हरावेवाला केहू नईखे . ईहा के सबकर ख्याल राखत बानी . ई बात खाली एगो मुन्ने ना बल्कि हजारो के संख्या में आईल छात्र लोग के जब सम्मान समारोह में स्कूल बैग दिहल गईल तब छात्र लोग के चेहरा खिल उठल.

नितीश कुमार जी के शासन में न्याय के साथे भईल बा विकास

सम्मान समारोह के संबोधित करत कुचायकोट के विधायक अमरेन्द्र कुमार पांडेय कहले की बिहार के मुख्यमंत्री नितीश कुमार जी के शासन में न्याय के साथे विकास भईल बा . हमनी के जन – जन के नेता नितीश जी सबकर ख्याल रखले बानी . केहू के साथे कवनो भेदभाव नईखे भईल . लोकतंत्र में नेता लोग के मालिक भगवान जनता होखेले . जनप्रतिनिधि के जब जनता के द्वारा चुनल जाला तब काफी उम्मीद जनता के अपना जनप्रतिनिधि से होखेला . आज तक ले अपना किहा खाली नेता औरी अफसर लोग के ही सम्मान होत रहल हवे . बाकिर हम पिछलका साल से एगो नया परम्परा के शुरुवात कईले बानी . जेकरा बल पर हम विधायक औरी आज बिहार के विधानसभा में ध्यानाकर्षण समिति के सभापति चुनल गईल बानी ओकरा के हम आज दुसरका साल फेरु से अपना किहा बोला के सम्मानित कर रहल बानी . हमरा खातिर हमरा क्षेत्र सगरी जनता कवनो भगवान से कम नईखन . हमार कबो इहे प्रयास रहल बा की हम अपना क्षेत्र के जनता के एगो बेटा औरी सेवक बन के सेवा करी . पिछलका साल त हम खाली युवा , बुजुर्ग ,महिला लोग के सम्मानित कईले रहनी बाकिर अबकि बार हमरा मन में ख्याल आईल की हमनी के देश के आवेवाला जवन भविष्य छात्र लोग बा ओहू लोग के सम्मानित कईल जाव . एहिसे अबकि बार युवा .बुजुर्ग, महिला लोग के साथे – साथे पांचवी क्लास से लेके दसवी क्लास तक पढ़े वाला सगरी छात्र लोग के भी सम्मानित कईल जा रहल बा . विधायक जी आगे कहले की हमरा गर्व बा की ऐ सम्मान समारोह में हमार भतीजा गोपालगंज के जिला परिषद अध्यक्ष मुकेश पांडेय के द्वारा भी बढ़ चढ़ के योगदान दिहल जा रहल बा . हमरा ख़ुशी बा की अपना काम के बदौलत मुकेश पांडेय सीवान गोपालगंज दुनु जिला में आपन लोकप्रियता बढ़वले बाड़े . हमार पूरा परिवार हरदम जनता के सेवा में तत्पर रहेला . हमनी के द्वारा बिना कवनो भेदभाव के सगरी लोग के हर संभव मदत के प्रयास कईल जाला . सम्मान समारोह में आज दोसरका दिने आईल जनता के भीड़ देख हमार मन गदगद हो गईल .



Avatar


Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *