BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज के रजिस्ट्री कचहरी से जाँच के दौरान एगो दलाल गिरफ्तार

गोपालगंज। जिला रजिस्ट्री कचहरी परिसर से शनिवार के  शाम जांच के दौरान अवर निबंधक स्वीटी सुमन  एगो  दलाल के  पकड़ लेहली। जांच के दौरान पकड़ल गईल  आरोपित के कब्जा  से चलान के  कॉपी औरी कुछ फार्म बरामद कईल  गईल । बाद में अवर निबंधक के  सूचना के बाद मौका  पर पहुंचल नगर थाना  के  पुलिस  आरोपित के  गिरफ्तार कर रविवार के  शाम जेल भेज देहुए । एकरा बारे में  नगर थाना  में अवर निबंधक के बयान पर धोखाधड़ी के  प्राथमिकी दर्ज करावल  गईल बा ।जानकारी के अनुसार शनिवार के  शाम करीब साढ़े पांच बजे जिला अवर निबंधक स्वीटी सुमन के  सूचना मिलुए  कि जिला अवर निबंधन कार्यालय के लगे  कुछ दलाल सक्रिय होके  लोग से मनमाना पईसा के  वसूली कर रहल बाड़े । जवना के  सूचना के बाद उ कार्यालय में तैनात कर्मी लोग के सुरक्षा बल के साथे  कार्यालय परिसर में छापेमारी कईली । छापेमारी के दौरान उ कार्यालय परिसर में घूम रहल  चंदन कुमार श्रीवास्तव नाम के  व्यक्ति के  पकड़ लेहुई । एही  बीच जांच के दौरान पकड़ल गईल व्यक्ति के कब्जा  से कईगो  कागजात बरामद कईल  गईल । अवर निबंधक  पकड़ल गईल  व्यक्ति के  दलाल बताके ओकरा  विरुद्ध नगर थाना  में प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़ी । पुलिस मामला के   जांच पड़ताल कर रहल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *