BREAKING NEWS
Search

बीजेपी के कार्यकारी अध्यक्ष जेपी नड्डा बोलले की- CAA के विरोध कर रहल लोग दलित विरोधी बा , अल्पसंख्यक लोग को भ्रमित कर रहल बा कांग्रेस

भाजपा के कार्यकारी अध्यक्ष जे पी नड्डा  रविवार के  कहले  कि संशोधित नागरिकता कानून के खिलाफ प्रदर्शन कर रहल  विपक्षी दल ”दलित विरोधी बा काहे से किऐह  कानून से जवना  लोग के फायदा होई , ओहिमे  70-80 प्रतिशत एही  वर्ग से लोग बा । नड्डा आगे  कहले  कि कानून के  विरोध कर रहल  दलित नेता लोग के  सचाई सामने आवे के चाही  । उ कहले  कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी ऐ  समुदाय के सबसे बड़का  संरक्षक बानी ।

एगो  दलित संगठन द्वारा आयोजित कार्यक्रम के  संबोधित करत  नड्डा  कांग्रेस पर नवका  नागरिकता कानून के लेके  अल्पसंख्यक लोग के  गुमराह कईला पर  अभियान चलावे के  आरोप लगवले । उ जोर देहले  कि नवका  कानून तीनगो  पड़ोसी देश के अल्पसंख्यक लोग के  नागरिकता देबे  के बारे में बा , ना कि कवनो  नागरिकता लेबे खातिर बा । अधिकतर विपक्षी दल सीएए के ई कह के विरोध कर रहल बाड़े  कि पाकिस्तान, अफगानिस्तान औरी  बांग्लादेश से आईल  लोग के  धर्म के आधार पर नागरिकता दिहल  सही नईखे ।

एकरा  संदर्भ में नड्डा  कहले कि संशोधित कानून में उ  लोग के साथे न्याय होई जेकर ऐह सब देश में  उत्पीड़न भईल बा जेकरा के ओहिजा अपना अधिकार से वंचित राखल गईल बा । उ कहले  कि एहिमे  कांग्रेस के  दिहल  जख्म पर मरहम लगावे के  काम कईले । शोधित नागरिकता कानून से अपेक्षित लाभार्थि लोग  में अनेक जाति  के लोग  शामिल होखे के  जिक्र करत  नड्डा  दावा कईले  कि एहिमे  70 से 80 प्रतिशत दलित  बाड़े ।

उ साफ़  कहले  ”एकर  विरोध कर रहल  लोग दलित विरोधी  बा । हमनी के ऐह बात के समझल जरूरी बा। उ  लोग से दलित समुदाय के सदस्य लोग  तक संदेश पहुंचावे के बात  कहले । कांग्रेस औरी  अन्य विपक्षी दल पर ‘वोट बैंक औरी तुष्टीकरण के  राजनीति करे के   आरोप लगावत  नड्डा  कहले उ लोग देश से पहिले  वोट के राजनीति जानत बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *