BREAKING NEWS
Search

हेमंत सोरेन बनले झारखंड के 11 वाँ मुख्यमंत्री, तीनगो मंत्री भी लेहले शपथ

रांची :- झारखंड मुक्ति मोर्चा(झामुमो) के कार्यकारी अध्यक्ष हेमंत सोरेन दूसरका  बार राज्य के मुख्यमंत्री बन गईले । राज्यपाल द्रौपदी मुर्मू उनकरा के  रविवार के राज्य के मुख्यमंत्री के तौर पर पद औरी  गोपनीयता के  शपथ दिलववले । रांची के मोरहाबादी मैदान में आयोजित भव्य शपथ ग्रहण समारोह में सोरेन के साथे  कांग्रेस नेता आलमगीर आलम व रामेश्वर उरांव औरी  राष्ट्रीय जनता दल (राजद) नेता सत्यानंद भोक्ता भी  मंत्री पद के  शपथ लीहल लोग । रामेश्वर उरांव प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष भी बाड़े । 

समारोह में कांग्रेस नेता राहुल गांधी, माकपा नेता सीताराम येचुरी, भाकपा महासचिव डी. राजा, द्रमुक प्रमुख एम.के. स्टिालिन, आम आदमी पार्टी  के सांसद संजय सिंह, पश्चिम बंगाल के  मुख्यमंत्री ममता बनर्जी , राजस्थान के मुख्यमंत्री अशोक गहलोत, मध्यप्रदेश के मुख्यमंत्री कमल नाथ, छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री भूपेश बघेल, बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी, पूर्व उप मुख्यमंत्री तेजस्वी प्रसाद यादव भी मंच पर मौजूद रहल लोग । ऐह मौका पर सोरेन के  परिवार भी समारोह में पहुंचल रहुए । हेमंत के पिता शिबू सोरेन औरी  मां रूपी सोरेन भी मंच पर मौजूद रहुए लोग । उनकर  पत्नी समेत परिवार के बाकी सदस्य भी समारोह में उपस्थित रहुए लोग ।एकरा पहिले हेमंत जुलाई, 2013 में मुख्यमंत्री पद के  शपथ लेहले रहले । अजुर्न मुंडा सरकार में उपमुख्यमंत्री रहल  सोरेन एकरा पहिले  2013 में राज्य के सबसे कम उम्र के मुख्यमंत्री बनले  औरी  दिसंबर 2014 तक ऐह  पद पर रहले । वर्ष 2014 में राज्य में भाजपा के  सरकार बन गईल , झारखंड के  रघुवर दास के रूप में गैर-आदिवासी मुख्यमंत्री मिलल  औरी  हेमंत सोरेन नेता प्रतिपक्ष बनले । शपथ ग्रहण समारोह के पहिले  हेमंत अपना  पिता के आवास पहुंचले  औरी  माता-पिता से आशीवार्द लेहले । ओकरा  बाद उ अपना  पिता शिबू सोरेन के  अपने  ही गाड़ी में समारोह स्थल तक साथे  ले गईले । 

हेमंत सोरेन के शपथ ग्रहण समारोह में झारखंडी संस्कृति पर जोर दिहल गईल । मोरहाबादी मैदान में भव्य समारोह के मंच झारखंड के  कोहबर कला के साथ ही झारखंडी कला-संस्कृति के  भी प्रमुखता से प्रदर्शित कईल  गईल रहुए । मंच के पूरी तरह कोहबर कला (पेंटिंग) से सजावल  गईल रहुए । झारखंड के  81 विधानसभा सीट पर भईल  चुनाव में हेमंत सोरेन के  अगुवाई में झामुमो-कांग्रेस-राजद गठबंधन  47 सीट हासिल कईले बा  ।जईमें  झारखंड मुक्ति मोर्चा के  30, कांग्रेस के  16 औरी राजद के  1 सीट मिलल बा , बाबूलाल मरांडी के  झाविमो के  3 सीट औरी  आजसू के  2 सीट हासिल भईंल बा । जबकि भाजपा के  मात्र 25 सीट  मिलल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *