BREAKING NEWS
Search

बिहार पुलिस सिपाही भर्ती परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड भईल जारी

  केन्द्रीय चयन पर्षद (सिपाही भर्ती)  बिहार पुलिस में सिपाही के 11880 पद पर भर्ती परीक्षा के एडमिट कार्ड आज जारी हो गईल । जवन  उम्मीदवार आवेदन बिहार पुलिस खातिर देहले बा उ लोग केन्द्रीय चयन पर्षद के  आधिकारिक वेबसाइट csbc.bih.nic.in पर जाके एडमिट कार्ड डाउनलोड कर सकत बा । एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर रजिस्ट्रेशन नंबर, मोबाइल नंबर औरी  डेट ऑफ बर्थ के  जरूरत होई । 

सिपाही के 11880 पद खातिर  राज्य में कुल 550 परीक्षा केन्द्र बनावल गईल बा । केन्द्रीय चयन  के मुताबिक सिपाही भर्ती परीक्षा में 12 लाख 66 हजार अभ्यर्थी  बाड़े ।  कवनो  भी उम्मीदवार के  एडमिट कार्ड अलग से ना  दिहल जाई ।  बिहार पुलिस में सिपाही भर्ती परीक्षा 12 जनवरी से 20 जनवरी तक आयोजित कईल जा रहल बा । परीक्षा दु पाली  में आयोजित होई । केन्द्रीय चयन पर्षद (सिपाही भर्ती)  बिहार पुलिस, बिहार सैन्य पुलिस, विशेषीकृत इण्डिया रिजर्व वाहिनी, रिजर्व वाहिनी, बिहार राज्य बिहार राज्य औद्योगिक सुरक्षा वाहिनी में खाली पड़ल  सिपाही के पद के भरे खातिर वैकेंसी निकालल रहल हवे ।   लिखित परीक्षा के स्तर बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के इण्टरमीडिएट (10+2) अथवा समकक्ष स्तर के  होई  एवं प्रश्न वस्तुनिष्ठ (आब्जेक्टिव) प्रकार के होई  प । लिखित परीक्षा 100 अंकों के  होई  । लिखित परीक्षा के  अंतिम मेधा सूची के  आधार  ना मानल जाई  होगी।

लिखित परीक्षा में आधार पर शारीरिक परीक्षा खातिर  उम्मीदवार लोग के होई चयन । 

(ख) द्वितीय चरण – शारीरिक योग्यता/दक्षता परीक्षा कुल 100 अंक के  होई  ।

फाइनल मेरिट लिस्ट शारीरिक योग्यता में तीनगो  स्पर्धा – दौड़, ऊंची कूद, औरी  गोला फेंक में उम्मीदवार द्वारा प्राप्त कुल अंक के आधार पर बनी ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *