BREAKING NEWS
Search

पछुआ हवा से ठिठुरल बिहार, गया में तापमान 2.4 डिग्री सेल्सियस पहुंचल

पटना सहित पूरा  बिहार में चल रहल  पछुआ हवा औरी घन कोहरा के कारण ठिठुरन बढ़ गईल बा । बिहार के गया में  सोमवार  के न्यूनतम तापमान लुढ़क के  2.4 डिग्री सेल्सियस हो गईल । पटना मौसम विज्ञान केंद्र के मुताबिक, पटना के  सोमवार के  न्यूनतम तापमान 7.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कईल गईल , जबकि भागलपुर के  6.0 डिग्री औरी  पूर्णिया के  6.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज कईल गईल बा । एने , पटना मौसम विज्ञान केंद्र के वैज्ञानिक लोग के मुताबिक, अगिला  एक-दु  दिन तक ठंड से राहत मिले के  उम्मीद नईखे । वैज्ञानिक लोग  के मोताबिक , “आगे मौसम अभी औरी  सर्द होखे  वाला बा । पटना, गया सहित कईगो  शहर सुबह शाम घना  कोहरा के चपेट में रही। पूरा  सीमांचल में एक पखवारा  में अभी ठंड से राहत मिले के  संभावना नईखे । अधिकतम तापमान 15 से 17 डिग्री सेल्सियस के बीच बनल  रहला के  संभावना बा ।”केंद्र के मुताबिक, कुछ इलाका  में दोपहर के  हल्की धूप से राहत मिल सकत बा  , परंतु शाम से देर सुबह तक ठंड चरम पर रही । कुछ इलाका  में एक औरी दु  जनवरी के  हल्की बारिश भी हो सकत बा । सोमवार के  पटना के  अधिकतम तापमान 16 डिग्री सेल्सियस के आसपास रहे के  संभावना बा । पटना के  रविवार के  अधिकतम तापमान 15.3 डिग्री सेल्सियस औरी  न्यूनतम तापमान 6.8 डिग्री सेल्सियस दर्ज कईल गईल बा  । कोहरा  के चलते  ट्रेन के परिचालन भी प्रभावित हो चुकल बा । अधिकांश ट्रेन कोहरा  के कारण देर से चल रहल बा।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *