BREAKING NEWS
Search

चनावे जेल में लाफिंग बुद्धा के साथे नौ सौ कैदी लगवले ठहाका

थावे : स्थानीय प्रखंड के चनावे मंडल कारा में सोमवार के  लाफिंग बुद्धा नागेश्वर दास जेल में बंद कैदी लोग के  तनाव मुक्त व स्वस्थ्य जीवन के गुर सिखवले । उ कहले  कि हंसी सौ बेमारी के एगो  मात्र इलाज बा । खुल के  हंसला  सकारात्मक उर्जा के  संचार होला । शरीर के अंदर से कार्बन मॉनोडाइआक्साइड के रिलीज होखला  से शरीर के सगरी अंग सुचारू रूप से काम करेला ।  उ नौ सौ कैदी लोग के हास्य योग करावत ठहाका लगवले । जेल में बंद कैदी  कड़ाका के  ठंड में सब कुछ भूल के  खूब ठहाका लगावल । ऐह कार्यक्रम में  श्री दास हास्य से तनाव नियंत्रण व प्रबंधन पर जोर देहले । कहले  कि आज तमाम तनाव व बेमारी के जड़ में मनुष्य के  बोझिल रहे के  आदत बा । हमनी के आपना  जीवन में हास्य के  शामिल करे के चाही । छोट छोट बात में खुशियां तलाशत रहे के चाही। कार्यक्रम के दौरान उ अपना  सुमधुर आवाज में देश भक्ति गीत भी गवले । साथ ही बन्दी लोग के  सोच में बदलाव लावे  व देश के  बेहतर व कामयाब नागरिक बने के  अपील कईले । जेल से बाहर निकलला  के बाद सामान्य जीवन व्यतीत करे खातिर कैदी लोग के संकल्प दिववावल गईल । मौका  पर जेल अधीक्षक अमित कुमार, जेलर अखिलेश सिंह सहित अन्य कारा कर्मी भी मौजूद रहले ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *