BREAKING NEWS
Search

गोपालगंज जिला प्रशासन के आदेश :- ठंडी बढ़ला के चलते 14 जनवरी तक बंद रही सगरी सरकारी अउरी प्राइवेट स्कूल

गोपालगंज:- जिला में ठंड के असर काफी बढ़ला के चलते गोपालगंज के डीएम के आदेश पर जिला शिक्षा पदाधिकारी के द्वारा आज फेरु से आदेश जारी कईल गईल बा। एह आदेश में जिला भर के सगरी सरकारी अउरी प्राइवेट स्कूल के वर्ग एक से आठ तक के क्लास 14 जनवरी तक बंद राखे के निर्देश दिहल गईल बा। जबकि एह सगरी स्कूलन में शिक्षक लोग के समय से आके विद्यालय से संबंधित काम के पूरा करे के बा।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *